यूरिन इंफेक्शन (पेशाब संक्रमण) का होला? |Urinary Tract Infection (UTI) in Bhojpuri | Dr Nitesh Kumar
About this video
यूरिन इंफेक्शन (पेशाब में संक्रमण) के यूटीआई भी कहल जाला। यूरीन इन्फेक्शन यानी यूरिनरी ट्रेक्ट इंफेक्शन। यूरीन इंफेक्शन यूरीन सिस्टम यानी किडनी, मूत्रवाहिनी (Ureters), मूत्राशय (Bladder), यूरिन मार्ग (Urethra) में किसी में भी हो सकेला। पुरुष के मुक़ाबले महिला में यूटीआई होखे के संभावना जादे होखेला। यूटीआई बैक्टीरिया के चलते होखेला, लेकिन कुछ मामला में इ वायरस अवुरी फंगस के चलते भी होखेला। स्वच्छता के ध्यान ना राखल, इस्तेमाल भईल पैड के धोवे के बाद दोबारा इस्तेमाल कईल, अस्वच्छता वाला जगह प पेशाब कईला से संक्रमण के संभावना बढ़ जाला। एकरा बड़े में डॉक्टर नितेश कुमार से और जानल जाए